स्वागत

Wednesday, May 26, 2010

गुलाम,सेजिया भईल अंजोर अउर नन्दो तोरो नन्दो

आमिर खान वाली फिलिम गुलाम भोजपुरियो में बनी। एह फिलिम में देश के दुश्मन बनल नक्सली अउर माओवादी लोगन समेत जमींदारी व्यवस्था के देखावल जाइ। एह के बना रहल हवन शंभु पांडे। हाले मे एह के मुहुरत भईल ह। फिलिम में, विनय आनंद अउर शंभु पांडे के सांवरिया आई लव यू वाली टीम के मुख्य भूमिका होई। रानी चटर्जी,मोनालिसा,कल्पना शाह,संजय पांडे,अवधेश मिश्रा,नीरज भारद्वाज अउर अली खान के अदाकारी वाली एह फिलिम मे संगीत होखी अमन श्लोक के। पटकथा लिख रहल बाड़ें अरविंद।
ओने बनारसी फिल्म्स एंड न्यूज ज्वाइंट वेंचर बना रहल बा सेजिया भईल अंजोर। हाली मे एकर मुहुरत भईल। निर्माता ब्रज किशोर अउर निर्देशक आशदेव सिंह के एह फिलिम के शुटिंग नेपाल आ बिहार में करे के योजना बा। फिलिम में संगीत बा श्याम पात्रा के जवन के धुन पर रउआ के मोहम्मद अजीज,उदित नारायण,साधना
सरगम,सोहन,जावेद अली,पामेला जैन अउर तरुणम के गावल गीत सुने के मिली। पटकथा रही सत्येंद्र स्वामी के।
एगो अउरी फिलिम नन्दो तोरो नन्दो के भी मुहुर्त हाले मे पटना में भईल ह। यथार्थ एंटरटेनमेंट के ई संगीतमय पारिवारिक फिलिम होई जवन के निर्माण आ निर्देशन अवनीश कुमार कर रहल बाड़ें। मुख्य रोल ह पूजा शाह,रूपा सिंह,कल्पना,जूली,कुणाल राज आ सुनील सिंह चौहान के। फिलिम के शूटिंग 30 मई से शुरू होई आ पूरा शूटिंग बिहारे मे करे के योजना बा। फिल्म मे आठ गीतन के योजना बनावल गईल ह जवन के गुंजन सिंह,अवनीश कुमार अउर इंदू सोनाली गवले बाड़ें।
(चित्र विवरणः पहिलका चित्र-सेजिया भईल अंजोर अउर दुसरका गुलाम के मुहूरत से)

No comments:

Post a Comment

न मॉडरेशन की आशंका, न ब्लॉग स्वामी की स्वीकृति का इंतज़ार। लिखिए और तुरंत छपा देखिएः