
15 दिसम्बर,2009 के दैनिक जागरण लिखता कि सुपरस्टार रवि किशन के भी विचार बा कि पूर्वाचल राज्य के गठन में अब तनिको विलंब ना होखे के चाहीं। तेलंगाना राज्य के मांग पर केन्द्र सरकार के फैसला के स्वागत करत ऊ कहलन कि ई निर्णय देशहित में होई अउर जवना दिन पूर्वाचल राज्य के मांग पूरा हो जाई, ओही दिन एह पिछड़ल इलाका के विकास के रास्ता भी खुली। मुम्बई से बाबतपुर हवाई अड्डा पहुंच के रवि किशन कहलन कि पूर्वाचल के करोड़ों के आबादी सिर्फ इहे खातिर पिछड़ल ह कि ऊ एगो बड़हन प्रदेश के हिस्सा बा जवन तक विकास के किरण पहुंचते-पहुंचते मद्धिम पड़ जाला। रवि किशन भदोही में, मार देब गोली, केहू ना बोली फिल्म के शूटिंग के सिलसिला में आईल रहलन। एनडीटीवी इमेजिन पर आजकल खूब चल रहल शो राज पिछले जनम का के लोकप्रियता से उत्साहित रवि किशन के विचार बा कि छोटका-छोटका राज्य में विकास के रफ्तार तेज होला। एह से, में केन्द्र सरकार के पूर्वाचल के मुद्दा पर विलम्ब ना करे के चाही। मार देब गोली, केहू ना बोली फिल्म में रवि किशन एनकाउंटर स्पेशलिस्ट पुलिस अफसर की भूमिका में बाड़न, जवन के लक्ष्य अपराध नष्ट करे के बा।
No comments:
Post a Comment
न मॉडरेशन की आशंका, न ब्लॉग स्वामी की स्वीकृति का इंतज़ार। लिखिए और तुरंत छपा देखिएः