स्वागत

Tuesday, May 4, 2010

भोजपुरी सड़क

महेश भट्ट के निर्देशन में संजय दत्त के एगो चर्चित फिलिम रहे-सड़क।1991 के ओह फिलिम के सुपरहिट गाना रउआ के ध्यान होई। जमाने के देखे हैं रंग हजार नहीं कुछ सिवा प्यार के,जब-जब प्यार पे पहरा हुआ है प्यार और भी गहरा हुआ है अउर हम तेरे बिन कहीं रह नहीं पाते तुम नहीं आते तो हम मर जाते इहे फिलिम के गीत रहे। भजन गायक अनूप जलोटा अब ओही सड़क के भोजपुरी वर्जन तैयार करिहन। रविकिशन अउर रानी चटर्जी के एह मे लीड रोल होई। पंकज केसरी अउर अवधेश मिश्रा के भी मजगर रोल होई। राधाकृष्णा प्रोडक्शन हाउस बैनर के एह फिलिम के निर्माता बाड़ें राजू सिंह अउर निर्देशक रामेश्वर मिश्रा। फिलिम के मुहूर्त प्रवेश सिप्पी अउर दीपा नारायण झा सहित भोजपुरी सनिमा के तमाम दिग्गज लोगन के मौजूदगी में मुंबई में भईल। फिलिम में गीत होई विनय बिहारी,श्याम देहाती अउर प्यारेलाल यादव के। संगीत दिहें राजेश-रजनीश के जोड़ी। एक्शन निर्देशक के जिम्मेदारी बा प्रेम शर्मा के।
पुरनका सड़क के एगो खास बात इ रहे कि एह में एगो हिजड़ा(महारानी) के रोल सदाशिव अमरापुरकर कइले रहलन। ई देखे के बात होई कि एह रोल खातिर कवन कलाकार के चुनल जाला।

1 comment:

  1. anup jalota ji ke i prayaas sarahe layek baa.. lekin ..masaledar filiman ki alwa bahut badhioya cinema bhi banal ba..ohu ke remake banwae ke i log soche to maza aa jaye..bahut bahut shubhkamna aur badhai sab ke

    ReplyDelete

न मॉडरेशन की आशंका, न ब्लॉग स्वामी की स्वीकृति का इंतज़ार। लिखिए और तुरंत छपा देखिएः