स्वागत

Friday, December 18, 2009

संभावना के पहिल पसंद भोजपुरी

दैनिक जागरण,पटना,18 दिसम्बर,2009 के अंक में छपल खबर में कहल गईल ह कि मशहूर आइटम गर्ल संभावना सेठ क पहिल पसंद भोजपुरी बा। संभावना सेठ सोनी टीवी के मशहूर रियलिटी शो डासिंग क्वीन के विजेता रहली। उनकर कहनाम बा कि ऊ भोजपुरी सिनेमा आ भाषा के अबहु ओतने प्यार करेली सन जतना शुरू में करत रहली। संभावना सेठ बिग बास से बड़हन लोकप्रिय हो रहल बाड़ी। उनका के आज भी भोजपुरी सिनेमा में आइटम नंबर करे से कवनो गुरेज नइखे। बल्कि ऊ गर्व से कह ताड़ी कि उनुकर सफलता के श्रेय भोजपुरी सिनेमा के जाला, जवन के कारण उनुका के भोजपुरिया हेलेन कहल गईल। संभावना भोजपुरी सिनेमा में रोल करे खातिर तैयार बाड़ी। उनकर कहनाम बा कि भोजपुरिया लोगन खातिर उनकर घर हमेशा खुलल रही काहे से कि उनकर पहिचान भोजपुरी सिनेमा से ही भईल रहे। ऊ आजीवन भोजपुरी सिनेमा करिहें,ई उनकर घोषणा बा। बिग बास आ डांसिंग क्वीन के बाद उनुका के ढेरिका आफर मिल रहल बा। देश-विदेश में कईगो स्टेज शो कर रहल बाड़ी। आज लोग उनका के निमन डांसर माने लागल ह। संभावना सेठ के प्रेम के रोग भईल रिलीज हाले में रिलीज भइल ह अउर कुछ और फिल्म फ्लोर पर बा।

No comments:

Post a Comment

न मॉडरेशन की आशंका, न ब्लॉग स्वामी की स्वीकृति का इंतज़ार। लिखिए और तुरंत छपा देखिएः