स्वागत

Friday, December 18, 2009

बिग बी के दिल के बात निरहुआ के साथ

हिंदुस्तान,पटना,19 दिसम्बर,2009 के रिपोर्टः

सदी के महानायक बिग बी के दिल के बात ले के आ रहल बाड़न भोजपुरी सिनेमा के किंग दिनेश लाल यादव निरहुआ। दैनिक जागरण,पटना,18 दिसम्बर,2009 के अंक में खबर छपल बा कि एकर प्रसारण होई महुआ न्यूज पर। हाले में, मुम्बई स्थित बिग बी के बंगला प्रतीक्षा पर उनकरा से एक घंटा के साक्षात्कार के शूटिंग भइल जवन में खुद-ब-खुद बिग बी बतवलन आपन दिल के बात। साक्षात्कार के दौरान निरहुआ उनुकर जिंदगी के हर पहलू पर बातचीत कइलन। एह में, हालिया रिलीज पा में अमिताभ के किरदार पर बातचीत भी शामिल बा। बिग बी भी भोजपुरी भाषा, सिनेमा आ ओकर बढ़त लोकप्रियता पर खुल के बतवलन। ऊ भोजपुरी इंडस्ट्री के हर सदस्य के बधाई देत कहलन कि उनुकरा के गर्व बा कि भोजपुरी उनकर भाषा बा अउर ऊ भोजपुरी भाषी क्षेत्र के बाड़न। अमिताभ बच्चन के साथ बितावल समय के चर्चा करत निरहुआ कहलन कि जब ऊ पहली बार उनकरा से रू-ब-रू भइलन त उनकरा के बुझाइल कि ऊ आपन भगवान के सामने बाड़ें। निरहुआ उनकरा से अभिनय के कुछ टिप्स भी लेलन ।

No comments:

Post a Comment

न मॉडरेशन की आशंका, न ब्लॉग स्वामी की स्वीकृति का इंतज़ार। लिखिए और तुरंत छपा देखिएः