स्वागत

Thursday, December 3, 2009

मनोज तिवारीः बाप रे बाप,जान पर बन गईल रहे

आपन सुपरस्टार मनोज भाई चुनाव प्रचार कर के लउटत रहलन कि माओवादी लोगन उनका के घेर लेलस। हिंदुस्तान में प्रकाशित ई खबर के पढे से बुझाता कि उनका के कुछो खास ना भईल बाकिर बाद में अउरो अखबार सब में जवन रिपोर्ट सब छपल रहे,ओह के अनुसार,ऊ वास्तव में माओवादी लोगन के कब्जा में चल गइल रहन आ बहुत मोसकिल से रात भर कब्जा में रखला के बादे उनका के छोड़ल गईल रहे। कउनो बात नाही मनोज भाई,रील लाईफ में बहुत बहादुरी देखले बानी जवन से बुझाला कि रउआ रीयल लाइफो में बहादुर रहल होईं।

No comments:

Post a Comment

न मॉडरेशन की आशंका, न ब्लॉग स्वामी की स्वीकृति का इंतज़ार। लिखिए और तुरंत छपा देखिएः