
एह में कहानी ह शकुंतला देवी आ रामजी के परिवार के। किसान रामजी सिंह आ उनका सात साल के बेटा के, गाँव के जमींदार आ ओकर मुनीम मिल के हत्या करत बाड़े मगर मौत के ट्रेन एक्सीडेंट के रूप दे दीहल जाला। रामजी के दूसरका बेटा अर्जुन शहर में पढ़ाई करत बा आ ओहिजे ओकर मुलाकात विजय से होला। विजय सुनीता से अउर अर्जुन चंदा से प्यार करत बा। विजय से करण के संबंध का ह, अर्जुन के भाई करण आ पिता के मौत कइसे भईल अउर अर्जुन आ विजय खून के रिश्ता में कइसे बंध जात बाड़ें,कहानी एही के इर्द-गिर्द घूमेली।
पिता के भूमिका में किरण कुमार आ महतारी का भूमिका में नीलिमा सिंह के देखब। टीनू वर्मा क्रूर जमींदार बनल बाड़े जवन के बारे मे एह ब्लॉग पर रउआ के पहिले समाचार दीहल गईल रहे। एक्शन,रोमांस और बदला के भावना पर आधारित एह फिलिम में गुफी पेंटल अउर सूर्या के भी बाड़ें।
No comments:
Post a Comment
न मॉडरेशन की आशंका, न ब्लॉग स्वामी की स्वीकृति का इंतज़ार। लिखिए और तुरंत छपा देखिएः