स्वागत

Thursday, April 15, 2010

आज के करण-अर्जुन में टीनू वर्मा

स्टंटमैन,निर्माता,निर्देशक,लेखक अउर अभिनेता टीनू वर्मा के रउआ 23 अप्रैल से रिलीज हो रहल आज के करण-अर्जुन में देख सकब। ई टीनू वर्मा उहे बाड़ें जवन के इहां लोगन मेला अउर मां तुझे सलाम में खलनायक के रूप में देखले रहीं। गदर,कहो न प्यार है अउर वीर के खतरनाक एक्शन सीन उनुकरे निर्देशित कइल रहे। उहे टीनू वर्मा के रउआ आज के करण-अर्जुन में खलनायक के रोल में देखब। अभय सिन्हा अउर टी.पी.अग्रवाल निर्मित एह फिलिम में टीनू गांव के ठाकुर बनल बाड़ें अउर आपन बहिन के परिवार के तबाह कर ताड़ें। बड़ा होके भगिना सब कइसे मामा से बदला लेवेला,इहे एह फिलिम के मुख्य कथानक ह। एह ब्लॉग पर हम रउआ के सूचित कइले रहलीं कि एह फिलिम में सीनियर अउर जूनियर निरहुआ पहिली बेर एक साथ नज़र अइहें। कैपिटल फिल्म्स प्राइवेट लिमिटेड अउर यशी फिल्म्स प्राइवेट लिमिटेड के बैनर तले बनल एह फिलिम में पाखी हेगड़े,कृशा खंडेलवाल,अनूप अरोड़ा,नीलिमा सिंह,सुदेश कौल अउर किरण कुमार के मुख्य भूमिका बा।

एकर बाद, रउआ टीनू वर्मा के गंगा जमुना सरस्वती अउर कुरूक्षेत्र में भी देखब।

1 comment:

  1. sahi hai bhojpuri filmo ki gunvatta kafi badhi hai...ise sanskriti mitne se bachegi...

    http://dilkikalam-dileep.blogspot.com/

    ReplyDelete

न मॉडरेशन की आशंका, न ब्लॉग स्वामी की स्वीकृति का इंतज़ार। लिखिए और तुरंत छपा देखिएः