

एह हफ़्ता भगजोगनी रिलीज भईल बा। एह फिलिम के नदिया के पार जइसन साफ-सुथरा फिलिम मानल जा रहल बा। एह फिलिम में ठाकुर सूरजभान सिंह के कहानी बा जेमा हवेली मे लइकी पैदा होतही मार दीहल जाली। जब ठाकुर अइसने एक बेरिया अउरो करे पर उतारू भइलन तब लइकी के माई-बाप उनुकरा के हाथ पाँव जोड़ लिहलस। लइकी के जान ई शर्त पर बकस देल गइल कि ओकर पालन-पोसन अइसन नौकरानी करी जे ठाकुर के परिवार से जुड़ल ना होखे। उहे लइकी बड़ा होके आपन हक कइसे लेबेली,फिलिम मे इहे देखाइल गइल ह। फिलिम में पवन सिंह,मोहित घई,रानी चटर्जी,दिव्या पुष्कर,कपिल सदाना,राजा मुराद,पूनम श्रीवास्तव,विनीता शर्मा,बी.बी. कपूर अउर संजीव गुप्ता मुख्य भूमिका में बाड़ें। निर्देशन ह आर.के.श्रीवास्तव के। संगीत दिहले बाड़न विजय विनायक अउर घुंघरू।
dilli main kab lagi
ReplyDelete