स्वागत

Thursday, April 22, 2010

"मृत्युंजय" में सिंक साउंड के मज़ा

एन.एन.सिप्पी प्रोडक्शन के अगिला फिलिम मृत्युंजय मे रउआ के सिंक साउंड के मजा मिली। सिंक साउंड के माने बा शूटिंग के दौरान बोलल गईल डायलाग के हू-ब-हू प्रस्तुति। इहां जानत होखब कि फिलिम में शूटिंग के दौरान बोलल गईल डायलॉग फिल्म में नइखे रखल जाला काहे कि अइसन डायलॉग मेंबहुते तरह के कमी रह जाला। एह से,शूटिंग खतम हो गइला के बाद,डायलॉग के डब कइल जाला जे से ओह के,मिक्सिंग वगैरह कर के, तकनीकी रूप से अउर निमन बनावल जा सके। मगर रउआ मृत्युंजय में डायलॉग उहे रूप में सुन सकब जवन रूप में ई शूटिंग के क्रम में रिकार्ड कईल गईल रहे। एह फिलिम में डिजिटल साउंड तकनीक के भी इस्तेमाल कईल गईल ह। दिनेश लाल यादव निरहुआ,रिंकू घोष,बृजेश त्रिपाठी,मनोज टाइगर,संजय पांडे अउर गोपाल राय अभिनीत एह फिलिम के निर्माता बाड़ें प्रवेश सिप्पी अउर निर्देशन बा जगदीश शर्मा के। फिलिम में गीत बा प्यारेलाल यादव के अउर संगीत ह धनंजय मिश्रा के। मानल जा रहल बा कि सिंक साउंड कैमरा अउर डॉल्बी डिजिटल साउंड से भोजपुरी सिनेमा के विकास के नइका दिसा मिली।

1 comment:

न मॉडरेशन की आशंका, न ब्लॉग स्वामी की स्वीकृति का इंतज़ार। लिखिए और तुरंत छपा देखिएः